सोमवार, 30 जुलाई 2012

कजरी

हरी-हरी  दुबिया के मितवा बदरवा !
कहाँ गइले ....
  हमार हितवा बदरवा
  कहाँ गइले ..............?

गोरी-गोरी बहियाँ में मेहंदी रचावे के बा
अदरा में रोपनी के बिचड़ा लगावे के बा
कजरी के नजरी में अँजे के कजरवा
कहाँ गइले.....?
हमार हितवा बदरवा
कहाँ गइले ...................?

ढोलकी मढावे के बा ,तबला छवावे के बा
हुडुका के मेखली प चाम चढ़वावे के बा
बाँसवा-बँसुरिया के कांट भइल ठोरवा
   कहाँ गइले .............?
   हमार हितवा बदरवा
   कहाँ गइले .......................?

 जेने -जेने देख तानी ,एके लेखा हाल बा
 मोरिनी पिआसल बिया ,मोरवा बेहाल बा
धुरिया -उडान भइल बाबा के पोखरवा
 कहाँ  गइले ..............................?
हमार   हितवा बदरवा
 कहाँ गइले ........................................?
                                                पवन श्रीवास्तव .